दामोदर नदी की लंबाई कितनी है?

user image

SUNDARAM SINGH

4 years ago

दामोदर नदी भारतीय राज्य झारखंड से निकल के पच्छिम बंगाल में बहे वाली, हुगली नदी के सहायिका, नदी बा। नदी के कुल लंबाई 592 किलोमीटर (368 मील) बा। ई नदी झारखंड के छोटा नागपुर पठार से निकले ले जहाँ प्राचीन काल के चट्टान सभ खनिज संपदा से भरपूर बाड़ी। पठारी हिस्सा पार करे के बाद ई बंगाल के मैदान में परवेश करे ले आ ढाल एकदम से कम हो जाला। एही कारण बरसात के सीजन में, जब एकरे ऊपरी हिस्सा में भरपूर पानी बरसे ला आ नीचे उतरे पर ढाल अचानक कम हो जाला, एह में भयानक बाढ़ आवे ले। इतिहासी रूप से एही कारन एह नदी के "बंगाल के शोक" कहल जाय। हालाँकि, अब एह नदी आ एकरे सहायिका नदी सभ पर कई गो बंधा बनावल गइल बाड़ें जवना से बाढ़ में कमी आइल बा आ बिजली के उत्पादन होला। ई मैनेजमेंट अमेरिका के टेनेसी वैली कार्पोरेशन के तर्ज पर दामोदर वैली कार्पोरेशन (डीवीसी) बना के कइल गइल बा।

Recent Doubts

Close [x]